मनोरंजन

फिल्मी सुग्गा: काजोल के पसन्द ना रहलें अजय देवगन, बाकिर अब बा लोग दुगो संतान के माई-बाप

[ad_1]

प्यार, नेह, मोहब्बत ई सब एके लसी-धागा के अलग अलग नाम ह. उ लसी धागा जवन कवनो आदमी के लाग जाव त ओकरा जीवन में बहुत कुछ बदल देला. प्यार सफल भइल त आदमी आदमी बन जाला ना त आशिक बन के पीड़ा के सहत रहेला, घुटत रहेला. फिल्मी जगत में लभ में पगलाये, बउराये आ बर्बाद होखे के ढ़ेर कहानी बा बाकिर आज फिल्मी सुग्गा एगो अइसन कथा सुनाई जे में प्यार रिश्ता के आकार देले बा आ अब त ओह बगिया में ल रामजी के कृपा से दू-दू गो फूलो खिल गइल बा.

किस्सा अजय-काजोल के

अजय देवगन भारतीय सिनेमा उद्योग के एगो बहुत बड़ सितारा हवें. मान लीं कि अगर भारतीय फिल्म जगत एगो आकाश बा त अजय ओमें के एगो देर से चमकत सितारा बाड़ें. 1991 में फिल्म ‘फूल और कांटे” से अपना करियर के शुरुआत करे वाला अजय पहिले फ़िल्म के बाद से एक्शन स्टार के रूप में स्थापित हो गइलें. सांवर रंग, बड़-बड़ अउरी भावपूर्ण आंख, लमहर चेहरा मोहरा वाला अजय 90 के दशक में खूब नामो कमइलन अउरी प्रशंसक भी. इयाद बा ओह बेरा अजय देवगन कट बाल रखाव. अजय के प्रसिद्धि एगो हँसमुख आ चुहलबाज अभिनेता के रूप में भइल रहे जे अपना किरदारन में अक्सर कॉलेज बॉय बने आ बाद में एक्शन बॉय. बाकिर असल जिन्दगी में अजय तबो बहुत अंतर्मुखी स्वभाव के रहलें अउरी अभियो बाड़ें.

अजय लोग से कम बात करे खातिर फ़िल्म जगत में जानल जास. कई गो लोग त उनके एही आदत के चलते अकड़ू भी समझे. बाकिर उ स्वभाव से ही रिज़र्व टाइप के इंसान हवें. 1995 के बात ह, फिल्म ‘हलचल’ के शूटिंग होत रहे. अजय देवगन के साथे शूटिंग चलत रहे, हीरोइन के सीन बाद में रहे. एगो इंडस्ट्री में लगभग स्थापित हीरोइन सेट पर आइल. उ पुछलस कि फ़िल्म के हीरो के ह? लोग एगो कोना में कुर्सी पर बइठल अजय के ओर इशारा कइल. अजय तब इंडस्ट्री में स्थापित हो गइल रहलें. बाकिर तब एह बेरा लेखां सोशल मीडिया ना रहे अउरी ना एंटरटेनमेंट चैनल के बाढ़ कि अब लोग साथे काम करे से पहिलहूँ एक दूसरा के चिट्ठा खोल के बइठल रहेला. उ हीरोइन देखलस कि हीरो त सिगरेट पर सिगरेट पी रहल बा. लागत बा कि कवनो चिमनी से धुआं निकल रहल बा. उ देखते बड़ा शंकित हो गइल कि एह हीरो के साथ त हम ई फिल्म कइसे करब? अब भगवाने पार लगइहें. आ सच में देखी ना, भगवान सच में बेड़ा पार लगा दिहलें. जवन हीरो के साथे उ हीरोइन एगो फिलिम करे में सशंकित रहली, ओकरा साथे आज जिनगी के 22 गो बसंत गुजार चुकल बाड़ी अउरी आगे भी ई साथ बरकरार रही. जी, उ हीरोइन अउरी केहू ना काजोल हई जिनका से अजय देवगन बियाह कइलें.

लव एडवाइस देत देत एक दूसरा से लव कर लिहल लोग

पहिले एक दूसरा के लव सेटिंग ठीक करे में मदद कइल लोग बाद में खुदे एक दूसरा से सेटिंग कर लिहल लोग. दरअसल बात ई भइल कि जब फिल्म हलचल के शूटिंग चलत रहे तब दुनु जाना में साथे काम करत करत दोस्ती हो गइल. अजय चुप्पा आदमी रहलें, काजोल दिन भर बिना पूर्ण विराम के बोले वाली लइकी. एही से एक जाना सुने वाला मिल गइलें अउरी एक जाना बोले वाला. बस एही जा सेट बइठ गइल. दुनु जाना में अच्छा दोस्ती हो गइल. तब दुनु जाना दोसरा दोसरा के डेट करत रहे लोग. एही से जब अजय के अपना रिलेशनशिप में कवनो दिक्कत आवे त काजोल उनके एक्सपर्ट एडवाइस देस आ जब काजोल के कवनो हेल्प लागे त अजय देस. एकदम फिल्मी स्टाइल में सब कुछ चलत रहे. दुनु जाना दूसरा दूसरा जगह बिजी रहे लोग एहीसे आपस में सेटिंग करे के बिचार ना आइल. फ़िल्म के शूटिंग खत्म भइल आ दुनु जाना फोन पर कनेक्ट हो गइल लोग. बाकिर तार जुड़ गइल रहे दुनु जाना के. अइसन समय के चक्र घूमल कि काजोल के ब्रेकअप भइल ओही समय अजय के भी अपना तत्कालीन पार्टनर से ब्रेकअप हो गइल.

दरअसल, समय चक्र रास्ता के ब्लॉकेज हटवलस. दुनु जाना ब्रेकअप दर्द के कम करे खातिर एके दूसरा के ओर फोकस होखे लागल लोग अउरी मुलाकात बढ़त गइल. ‘ना मिलो हमसे ज्यादा कहीं प्यार हो ना जाये’ वाला किस्सा हो गइल. दुनु जाना में प्यार हो गइल अउरी गहरा प्यार हो गइल बाकिर केहू इजहार ना कइल. अजय अपना निजी जीवन में गैर – अभिव्यक्ति वाला आदमी हवें. उ काजोल के कबो घुटना पर बइठ के ना प्यार के इजहार कइलें ना शादी के.

बेडरूम से निकल बियाह कइलें आ फेर वापस उहें लौट गइलें

अजय देवगन आ काजोल के बियाह बड़ा कम हो हल्ला में भइल. अजय देवगन के छत पर बियाह भइल आ खाली घर के लोग ही उहाँ उपस्थित रहे. अजय एक बार एगो शो में कहलें कि उ बैडरूम से तैयार होके निकललें अउरी बियाह कइला के बाद वापस लौट गइलें. दुनु जाना के बियाह भइला के चार साल बाद बेटी न्यासा भइली अउरी बेटी के भइला के 7 साल बाद बेटा युग भइलें.

दुनु जाना के पारिवारिक जीवन नीक गुजर रहल बा अउरी सियाराम असहीं गुजारे. एह तरह विपरीत ध्रुव के दू लोग के बीच पहिले प्रेम भइल आ ओकरा बाद जीवनसाथी बनल लोग.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं )

Tags: Ajay Devgn, Bhojpuri News, Kajol



[ad_2]

Source link

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

fapjunk