मनोरंजन

Bhojpuri: खतम होत साल 2021 में भोजपुरी सिनेमा के कइसन रहल व्यवसाय अउरी हाल चाल, पवन-खेसारी के रहे जलवा

[ad_1]

ओहि बीचे भोजपुरी के बड़ डायरेक्टर असलम शेख एह दुनिया से विदा ले लेहलें जेकरा चलते उनके बीच में छुटल फिल्म उनके बेटा इशतियाक शेख बंटी पूरा कइलें. जवन फिल्म 2020 के उत्तरार्ध में शूट भइली सन, ओकनी का 2021 के शुरुआत में रिलीज भइली सन.

रजनीश मिश्रा के भी कुछ फिल्म 2021 में रिलीज भइली सन. खेसारी लाल के ‘दुल्हिन वही जो पिया मन भाए’, ‘चोरी चोरी चुपके चुपके’, ‘प्यार किया तो निभाना’, ‘सैयां अरब गइले ना’ अउरी लिट्टी चोखा’. खेसारी लाल खातिर 2021 बड़ा विशेष रहल. उनके तीन चार गो फिलिम लंदन आ दुबई में शूट भइली सन अउरी इहाँ रिलीज भइली सन. भोजपुरी फिल्मन के बॉक्स ऑफिस पर व्यवसाय त पिछला कई साल से बढ़िया नइखे होत. ओकर कारण बा, सिंगल स्क्रीन सिनेमाघर के कम होत संख्या. आ भोजपुरिया निर्माता निर्देशक लंदन, दुबई चल त गइल बाड़ें बाकिर फिल्मन के गुणवत्ता अभियो अइसन नइखे बना पवले कि ओकरा के मल्टीप्लेक्स में रिलीजिंग मिल सके अउरी महंगा टिकट खरीद सके वाला दर्शक भोजपुरी फिलिम देख सके. हाँ, रत्नाकर कुमार के निर्माण में बनल पराग पाटील के निर्देशन के फिल्म ‘संघर्ष’ जरूर मल्टीप्लेक्स में रिलीज भइल रहे अउरी कुछ दर्शक के भी आकर्षित करे में सफल भइल बाकिर जब कुछ दिन के हाइप के बाद मल्टीप्लेक्स सिनेमाघर में दर्शक आवल बंद कर देहलें त सिनेमाघर मालिक आ वितरक फिल्म स्क्रीन से उतार लेहलें.

देखीं मल्टीप्लेक्स में फिल्म देखावे खातिर फिल्म के कथा – पटकथा, अभिनय, निर्देशन, पिक्चर क्वालिटी सब कुछ मैटर करेला. जवन स्टार डिजिटल पर बेचा रहल बा एकर माने ई नइखे कि लोग ओकरा के देखे खातिर टिकट खरीदी. जब फ्री में खाली नेट खर्चा करके ई लोग लउकिये जात बा त पइसा का खर्चा करे के ह. आ भाई जी, भोजपुरी फिल्मन के मुकाबला ओकरा से सौ – दू सौ गुना बेहतर हिन्दी, साउथ आ हॉलीवुड के फिल्मन से बा. रउआ खुद अनुमान लगा सकीलें कि भोजपुरी कहाँ स्टैन्ड करी एकनी के सामने. हम नइखी कहत कि बदलाव नइखे हो सकत, होई लेकिन ओह हिसाब से काम करे के पड़ी.

कुल्ह जमा बात ई बा कि 2021 में रिलीज भइल फिलिम के असली कमाई डिजिटल आ सैटेलाइट अधिकार बेच के ही भइल बा. कुछ कमाई फिल्मन के गीत -संगीत के अधिकार बेच के भइल होई. ना त, सिनेमाघर के कमाई कुछ लाख में सिमट गइल होई. हम ई आंकड़ा बिहार – झारखंड, यूपी, दिल्ली आ मुंबई के सिंगल स्क्रीन थियेटर के मिला के बतावत बानी. ऊपर से आजुओ भोजपुरी फिल्म कवनो शहर के ओही इलाका भा थियेटर में रिलीज होला जवन मजदूर बहुल बा. एही से अंदाजा लगा लीं कि भोजपुरिया निर्माता, स्टार आ वितरक के भी पता बा कि भोजपुरिया फिल्मन के दर्शक के बा. शायद इहो कारण हो सकेला कि कमफ़र्ट जोन से बाहर नइखे निकले चाहत भोजपुरी सिनेमा.

पवन सिंह के भी फिलिम अइली सन आ रिलीज होके उतर भी गइली सन. उनके फिल्म ‘मेरा वतन’, ‘हम हैं राही प्यार के’ आ बॉस मुख्य फिल्म रहली सन. बाकिर त उ भोजपुरी के अलावा हिन्दी के एल्बम में बहुत व्यस्त रहलें हं. कईगो हिन्दी गाना भी गवलें हं आ हिट भी करवलें हं. आजकल पवन सिंह हिन्दी म्यूजिक लेबल के पसंद बनल बाड़ें. कारण बा, उनके फैन फॉलोईंग. अगर कवनो म्यूजिक लेबल के आपन उपभोक्ता दायरा बढ़ावे के होता त उ पवन सिंह के साइन कर लेत बा. उनके फैन पवन के हिन्दी भोजपुरी मिक्स गावत सुन के लहालोट हो जात बाड़ें. अइसने हाल चाल खेसारी लाल के भी बा, उहो आजकल भोजपुरी हिन्दी मिक्स गीत खूब गा रहल बाड़ें. हालांकि खालिस हिन्दी गीतन के भी लिस्ट ई दुनू जाना के बहुत बा. कहे के माने, भोजपुरी सिनेमा के कुछ होखे भा ना होखे, एह लोग पाकिट भर रहल बा, जवन पिछला एक दशक से होत आ रहल बा.

यश कुमार एह साल कई गो बढ़िया अउरी सार्थक फिल्म लेके अइले हं. जवन स्क्रीन रिलीज त कमे भइली ह सन बाकिर सैटेलाइट पर रिलीज होके आपन लागत निकाल लेहले होइह सन. उनके कुछ बढ़िया फिल्मन के नाम बा, मुन्ना मिसिर बीमा एजेंट, पारो, दामाद जी, चंदन परिणय गुंजा आदि. उनके अलावा अरविन्द अकेला कल्लू, रितेश पांडे आ प्रदीप पांडे चिंटू के भी कई गो फिल्म अइली ह सन जवन डिजिटल आ सैटेलाइट से ही कमइली ह सन. कोरोना के चलते लोग घर में टीवी आ इंटरनेट पर एह लोग के फिल्मन के देखल ह, जेसे ई फिल्म आपन लागत निकाल लेहली ह सन.

दिनेश लाल यादव निरहुआ फिल्म के अलावा राजनीति में भी काफी व्यस्त हो गइल बाड़ें. उनका ऊपर यूपी विधानसभा चुनाव के भी जिम्मेदारी दिआ गइल बा. एही के चलते उनके भी ज्यादा फिल्म ना आइल ह. बाकिर रोमियो राजा, जान लेबू का, हम हैं दूल्हा हिन्दुस्तानी, आए हम बाराती बारात लेके आइल ह, जवन थोड़ा मोड़ा व्यवसाय स्क्रीन पर कइले ह सन.

साल खतम हो रहल बा. 2022 आ रहल बा. भोजपुरी फिल्म में अवधेश मिश्रा प्रयोग कर रहल बाड़ें, अउरी लोग के भी आवे के चाहीं. बाकिर देखल जा अगिला साल में भोजपुरी सिनेमा आपन कम्फर्ट जोन छोड़ी कि ना, ई त समय बताई.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी सिनेमा और साहित्य के जानकार हैं.)

Tags: Bhojpuri Cinema, Bhojpuri News

[ad_2]

Source link

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

fapjunk