मनोरंजन

Bhojpuri: बीसवीं सदी के भारतीय सिनेमा के सबसे खूबसूरत हीरोइन रहली नरगिस

[ad_1]

फातिमा राशिद जिनके हमनी का नरगिस के नाम से जानेनी जा. 20वीं सदी के सबसे मशहूर अउरी खूबसूरत हीरोइन नरगिस, जिनके ऑनस्क्रीन करिश्मा ई रहे कि लोग उनके एगो फिलिम बीस बीस बार देखे, दुपहरिया के शो के टिकिट खातिर भिनुसारे से लाइन में लाग जाव.

नरगिस जब पाँच साल के रहली त 1935 में फिल्म तलाश-ए-हक में एगो छोट रोल से हिन्दी फिल्मन में डैब्यू कइली. ओकरा बाद उनके 1942 के फिल्म तमन्ना में बड़ रोल मिलल. बाकिर नरगिस के हीरोइन के रोल मिलल ओकरा अगिला साल 1943 में, तबके मशहूर हीरो मोतीलाल के हीरोइन के रूप में. नरगिस तब 14 साल के रहली. फिल्म के नाम रहे तकदीर. सफल निर्देशक – निर्माता महबूब खान ई फिल्म बनवले रहलें. नरगिस के किरदार श्यामा के एह कॉमेडी फिल्म में बड़ा तारीफ मिलल आ ई फिल्म बहुत सफल भी रहल. नरगिस जद्दनबाई के बेटी रहली, ई तथ्य भी उनके इंडस्ट्री में प्रभाव बढ़ावे में मदद कइलस. तबके मीडिया नरगिस के परफेक्ट डैब्यू के तमगा देहलस. फेर उनके 1945 में फिल्म आइल हुमायूँ. अशोक कुमार एह में मुख्य हीरो रहलें अउरी ई पीरियड ड्रामा औसत व्यवसाय कइलस. बाकिर नरगिस के करियर के गाड़ी धीरे धीरे चल देहले रहे.

फेर 1946 में उनकरे स्टेज नाम नरगिस टाइटल से एगो फिल्म आइल जवन बॉक्स ऑफिस पर कुछ खास कमाल ना देखवलस. अगिला साल 1948 में उनके लगातार पाँच गो फिल्म आइल जे में से मेला दिलीप कुमार के साथे रहे अउरी दुनू जाना के करियर के शुरुआती सफल फिल्म में से एक मानल जाला. मेला ओ साल सबसे ज्यादा कमाई करे वाला फिल्म बनल. बाकी अउरी फिल्म कवनो कमाल ना देखवलस. ओही साल राज कपूर फिल्म निर्माता बनलें आ फिल्म आग में नरगिस के हीरोइन के रोल दिहलें. ई राज कपूर अउरी नरगिस के हिट जोड़ी के पहिला साथे में फिल्म रहे. बाकिर फिल्म कवनो खास कमाल ना देखा पवलस.

अगिले साल 1949 में नरगिस महबूब खान के सुपरहिट फिल्म ‘अंदाज’ में नजर अइली. नीना के रोल में उ गजब के किरदार निभवली. ई फिल्म में दिलीप कुमार अउरी राज कपूर एकमात्र बेर एक साथे स्क्रीन शेयर कइल लोग. दुनू जाना के दोस्ती बहुत पुरान रहे. माने कि बचपन में पेशावर के गली में दुनू जाना साथ में हवा मिठाई खइले रहे लोग, खेलले कुदले रहे लोग. ई फिल्म गजब के हिट भइल अउरी अबतक के भारतीय सिनेमा के इतिहास में विशाल लाइफटाइम कलेक्शन वाली फिल्म में शीर्ष पर शुमार बा. ई फिल्म नरगिस के करियर के उड़ान पर पहुंचा देहलस. ओही साल नरगिस के राज कपूर के साथे बरसात फिल्म आइल अउरी ऑल टाइम ब्लॉकबस्टर फिल्म बनल आ अंदाज के कलेक्शन के रिकॉर्ड तूर देलस.

राजकपूर अउरी नरगिस के जोड़ी बा ऐतिहासिक

राजकपूर अउरी नरगिस के जोड़ी एतना हिट भइल कि उ लोग साथ में 16 गो फिल्म कइल लोग. आ ओह में एके दु गो फिलिम होई जवन सफल ना भइल ना त सब फिल्म ब्लॉकबस्टर रहल आ देश विदेश में पहुंचल. फिल्म आवारा एह जोड़ी के सबसे ज्यादा हिट फिल्म मानल जाला. ई फिल्म खाली भारत में ना बल्कि विश्व में झण्डा गड़लस. अमेरिका आ यूरोप में राजकपूर अउरी नरगिस के फैन फॉलोईंग में बहुत वृद्धि भइल आ ई फिल्म उहाँ खूब नाम अउरी दाम कमइलस. कुछ रिपोर्ट अइसन भी कहेला कि राजकपूर अउरी नरगिस के बीच प्रेम संबंध भी रहे. आ ई प्रेम 9 साल तक चलल. नरगिस जब भी राज कपूर से बियाह करे के इच्छा बतवली उ मना कर देहलें. कारण रहे कि उ शादीशुदा रहलें आ उनके बाल बच्चा रहले सन. नौ साल चलला के बाद ई रिश्ता खतम हो गइल. 10 साल से चलत आ रहल राज कपूर के साथ नरगिस के हिट जोड़ी के आखिरी फिल्म ‘जागते रहो’ रहे. साल 1956 के ई फिल्म में नरगिस अतिथि भूमिका निभवली.

एकरा बाद 1957 में उ अपना करियर के बेहतरीन आ कल्ट क्लासिक फिल्म मदर इंडिया में टाइटल रोल निभवली. ई फिल्म में उनके रोल के बहुत सराहना भइल, एह फिल्म के ऑस्कर में नॉमिनेशन भी मिलल. एही फिल्म में एगो सीन में उनके आग से बचावत में हीरो सुनील दत्त घायल हो गइलें जे उनके बेटा के रोल में रहलें. इहे दुनू जाना के नजदीकी के अंकुर साबित भइल. फेर उ 1958 में एगो इंडो-रशियन प्रोजेक्ट में मुख्य भूमिका निभवली अउरी सुनील दत्त के साथे बियाह करके फिल्मन से अलविदा कहि देहली. फेर 9 साल बाद बड़ा मनवला पर साल 1967 में एगो मनोविकार पर आधारित फिल्म रात और दिन कइली. जेकरा खातिर उनके सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के पहिला राष्ट्रीय पुरस्कार मिलल. एही साल राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार के शुरुआत भी भइल रहे.

बाद के साल में उनके समाज सेवा के तरफ झुकाव भइल आ फेर उनके राज्य सभा के सदस्यता भी मिलल. एक बार राज्य सभा से लवटला के बाद उनके तबीयत बिगड़ल आ पता चलल कि कैंसर हो गइल बा. फेर लगभग 8 महिना के लड़ाई के बाद उ एह दुनिया से विदा हो गइली. लेकिन आपन बेहतरीन फिल्मन के शानदार विरासत अपना दर्शकन खातिर छोड़ गइली.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं )

Tags: Bhojpuri News, Nargis



[ad_2]

Source link

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

fapjunk