मनोरंजन

Bhojpuri में पढ़ें- फिल्मी सुग्गा: प्रेम कहानी जे मुकम्मल ना भइल

[ad_1]

चलीं भारतीय फिल्मन के शुरुआत से चलल जाव. जब 1913 में पहिला भारत में बनल फिल्म ‘राजा हरिश्चंद्र’ के जनता के बीच प्रदर्शन भइल, ओकरा बाद धीरे-धीरे अउर भी कला आ ई नया विधा के शौकिया लोग एह इंडस्ट्री में आवे लागल. धीरे-धीरे फिल्म इंडस्ट्री के निर्माण होखे लागल. बंबई में स्टूडियो बने लगली सन. हालांकि कुछ फिल्म निर्माण करे वाला स्टूडियो लाहौर आ पूना (पुणे) में भी बनत रहे. शुरुआती फिल्म स्टूडियो जवन बड़ा चर्चित रहे अउरी प्रयोग करके सिनेमा बनावे खातिर जानल जाव ओकर नाम रहे ‘बॉम्बे टॉकीज’. एह से जुड़ल एगो चर्चित प्रेम कहानी बा.

हिमांशु राय – देविका रानी

हिमांशु राय प्रारम्भिक हिन्दी सिनेमा के अग्रज रहलें अउरी बॉम्बे टॉकीज के मालिक. रिपोर्ट बतावेला कि हिमांशु राय एगो गुप्त विवाह जर्मन लइकी से कइले रहलें. ओकरा बाद उ इंग्लैंड में एगो आर्ट गैलरी में काम करे वाला देविका रानी से बियाह कर लेहलें. देविका रबीन्द्रनाथ टैगोर के खानदान से रहली. जब उ लोग भारत आइल त कर्मा (1933) में साथे काम कइल. एकरा बाद उ 1934 में बॉम्बे टॉकीज बंबई में शुरू कर देहले आ फिल्म निर्माण करे लगलें. एकर पहिला फिल्म जवानी की हवा में देविका के हीरो नज़्म उल हसन रहलें. ओकरा बाद जीवन नैया फिल्म में भी दुनू जाना हीरो हीरोइन रहे लोग. एही फिल्म में निर्माता हिमांशु राय से बियहल देविका नज़्म उल हसन के साथे प्यार करे लगली आ फिल्म के निर्माण पूरा भइले से पहिले दुनू जाना भाग गइल लोग. कंपनी बहुत घाटा मे पड़ल अउरी हिमांशु राय टूट गइलें. उनके मेहरारू दोसरा के साथे भाग गइल रहली. बाकिर बॉम्बे टॉकीज में सहायक ध्वनि रिकॉर्डर शशिधर मुखर्जी देविका से संपर्क कइलें. काहें कि देविका उनके भाई मानस.

एकरा बाद हिमांशु राय आपन इज्जत बचावे खातिर देविका रानी के कंपनी के सब हिसाब – किताब आ आपन मेहनताना अलग लेबे के शर्त पर घरे बोला लेहलें. नज़्म उल हसन त एह घटना के बाद गुमनामी में चल गइलें. जीवन नैया में शशिधर मुखर्जी के साला अशोक कुमार के हीरो बना दिहल गइल जे ओही बॉम्बे टॉकीज में लैब असिस्टन्ट रहलें. हिमांशु राय आ देविका रानी पति पत्नी के रूप में एके घर में रहे त लागल लोग बाकिर दुनू जाना के बीच कबो नजदीकी फेर ना आइल.

गुरु दत्त – वहीदा रहमान

पहिला प्रेम कहानी बा, भारतीय फिल्म जगत के सफल फिल्म अभिनेता, निर्देशक-लेखक अउरी निर्माता गुरुदत्त. गुरुदत्त फिल्म्स नाम के प्रोडक्शन कंपनी चलावे वाला गुरुदत्त अपना फिल्म सीआईडी खातिर हीरोइन खोजत रहलें. उ साउथ फिल्मन में काम करत वहीदा रहमान के देखलें आ उनके स्क्रीन टेस्ट खातिर बोलवलें. वहीदा सिलेक्ट हो गइली आ उनके हिन्दी में पहिला फिल्म मिल गइल. एही फिल्म के दौरान गुरुदत्त आ वहीदा नजदीक आइल लोग. फेर अगिला फिल्म प्यासा खातिर गुरुदत्त दिलीप कुमार के कास्टिंग के ख्याल हटा के खुदे वहीदा के ऑपोजिट काम कइलें. दुनू जाना के प्रेम कथा प्रसिद्ध होखे लागल रहे. ई बात से गुरुदत्त के पत्नी आ मशहूर गायिका गीता दत्त के दिल टूट गइल. ई जोड़ी साथ में कई गो फिल्म कइलस. फिल्म ‘कागज के फूल’ निर्देशक अभिनेता गुरुदत्त के जीवन से प्रेरित लागेला. गीता दत्त आपन तीन गो लइका लेके गुरुदत्त से बिलगा रहे लगली अब उनका सामने मेहरारू भा प्रेमिका में चुने के रहे. उ आपन परिवार के चुनले.

वहीदा उनका जिनगी से चल गइली आ गुरुदत्त के जीवन में खालीपन आ गइल. उ शराब के लती हो गइलें. अभी 39 साल के ही रहलें जब एक दिन अपना फ्लैट में रात के शराब के नशा में खूब ढेर नींद के गोली खा लेहलें अउरी चीर निद्रा में सुत गइलें. उ कई गो फिल्म अधूरा ही छोड़ गइलें.

राजकपूर – नरगिस

राजकपूर अउरी नरगिस के जोड़ी अबतक के भारतीय फिल्म जगत के सबसे हिट मानल जाला. दुनू जाना में प्रेम संबंध भी लमहर चलल. राज – नरगिस एक साथे 16 गो फिल्म कइल लोग. एह जोड़ी के 10 साल के साथ रहल जे में 9 साल ले मधुर संबंध भी रहल. एह लोग के बीच के प्रेम संबंध के किस्सा बड़ा मशहूर रहे. राजकपूर शादीशुदा रहलें आ उ नरगिस से भी प्यार करत रहलें. नरगिस चाहस कि उ आपन परिवार छोड़ के उनका से बियाह कर लेस. बाकिर राजकपूर आपन मेहरारू बच्चा ना छोड़लें. टूटल दिल आ जीवन से निराश नरगिस के सहारा मिलल उनके मदर इंडिया फिल्म में बेटा के रोल करे वाला सुनील दत्त के. एही फिल्म में सुनील दत्त नरगिस के जान बचवलें अउरी दुनू जाना बाद में बियाह कर लिहल लोग.

दिलीप कुमार – मधुबाला

दिलीप कुमार आ मधुबाला के प्रेम कथा के भी बड़ा चर्चा रहल, ओ बेरा के पत्र पत्रिका में दुनू जाना के बारे में खूब छपे. दुनू जाना तराना अउरी फेर संगदिल एह दुनू सुपरहिट फिल्मन के बाद सबके पसंदीदा जोड़ी बन गइल रहे लोग. फिल्म इंडस्ट्री के लोग के इहे लागे कि दुनू जाना बियाह भी करी लोग. बाकिर 9 साल चलल ई रिश्ता में तब खटास आवे लागल जब मधुबाला के पिता के ओर से एह रिश्ता पर नामंजूरी रहे. दुनू जाना सुपरस्टार रहे लोग, एही से एगो अउरी जिद के भी टकराहट होखे लागल. फेर बीआर चोपड़ा के फिल्म ‘नया दौर’ के शूटिंग के दौरान मधुबाला फिल्म बीच में छोड़ देहली आ उनपर निर्माता केस कर देहलें. कोर्ट में मधुबाला के खिलाफ गवाही देबे खातिर उनके प्रेमी दिलीप कुमार चल गइलें अउरी एही जा ई दूरी जगजाहिर हो गइल. फेर बाद में दुनू जाना के दिल चकनाचूर हो गइल. बाकिर ढेर दिल टूटल मधुबाला के. उनके बाद में सम्हरलें किशोर कुमार बियाह करके. दिलीप साहब सायरा बानो से बाद में बियाह कर लेहलें.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं.)

Tags: Bhojpuri Articles, Bhojpuri News

[ad_2]

Source link

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

fapjunk